नमस्कार!
हालचाल ठीके बा, जाडा पडे लागल, आजु बिहाने दुआरे पर घूमत घूमत फोटो खींचत रहुई दही वाला घूमत रहुअन. एकाएक मन में अउए कि दहीवाला के फोटो ले ली. तले ऊ दूर चलि गउअन बाकी फोटो खीचा गउए. आजु सांझि खा ऊ फोटो फेसबुक पर लगा दिहुईं. दन से टीप अऊये " देवरिया" में दही एंगा बिकाला. त हमरी दिमाग में सजांव की नियरे के गांव रंगवली ्के दहीवाली के चेहरा नाचे लगुये.
दही के दूगो रूप ढेर चलेला. सजाव दही आ छिनुई दही. नदिया चाहे कहतरी में दूध के गोइठा कि आग पर देर ले अवंटि के जओरन डालल जाला त खूब मोट साढी वाला दही जामेले ई ह सजाव दही. देवरिया शहर में अबो कांवरि पर कहतरी में दही लेके दहीवाला लोग घूम घूमिके दही बेचेला. दही मंडी भी बा आ दही चूरा के होटल भी.
दही के दुसरका रूप ह छिनुई. उ दही जवना में से घीव छिना जा. कहतरी में से सब साढी निकलले कि बाद बचेला ऊ कहाला छिनुई.
रंगवली के दहीवाली मटकी मे दही ले के आवे. ओ दही में छिनुई दही के मथि के खुब पानी मिला के मटकी तैयार. दही लेबे खातिर गेंहू या जौ की दिया जा. दही खरीदे वाला बर्तन के ढेला से तौलि के चाहे डिकिया की माप से दही मिलि जाउ. हर डोकिया में एगो दही के ठोस टुकडा भी रहे. चिरौरी कईला पर एगो छोटका टुकडा और मिलि जाउ. ओकरी बाद घलुआ.
नमस्कार.
फेरु भेंट होई.