नमस्कार !
हाल चाल ठीक बा नू !
एतनी घरी बाभन आ अन्ना के टीम पर चारू ओर हल्ला बोल बा. भारत में जौन कुछु खराबी बा सबकर जिम्मेदार बाभन लोग बा. आ अन्ना की टीम जईसन भ्रष्ट लोग कहीं नईखे. अन्ना के टीम कहता की सरकार सख्त से सख्त कानून बनाके ओके लागू करे त भारत के भ्रष्टाचार बहुत कम हो जाई. मेट्रो से लेके टोला तक अन्ना चर्चा में बाने, लोग चाहता कि भ्रष्टाचार खतम हो जाऊ. बाकी नेता, अफसर, सफेदपोश लोग मन से चाहत नईखे.केहू कहता कि सब लोग ईमानदार हो जाऊ त भ्रष्टाचार खतम हो जाई. केहू कहता कि सब लोग चाहता कि ओके छोडिके सब ईमानदार हो जाऊ.
हमरी देखला में त ई लागाता कि कि जब सख्त कानून बनी जाई आ सख्ती से सबकी ऊपर समान भाव से लागू होई आ मुकदमा के फैसला जल्दी आई त भ्रष्टाचार मिटी. कानून बनावे वाला आ कानून के रक्षक लोग पर भी कानून समान रही. जब हर अपराधी के जल्दी से दंड लागी त भारतवासी लोग भी कही सकी कि हमहू ईमानदार हई. करिखा पोति के जगतगुरु कईसे बनल जाई.
भारत के संविधान ही नवका स्मृति ह . ओके बनावे में नेता आ बडका अधिकारी लोग रहे आ ऊ लोग अपना के बचावे के उपाइ कईले बा. त समता कहा बा कानून एके लेखे कहाँ बा पूर्व सांसद लोग जेल के हवा खात रहे आ वर्त्तमान सांसद की गिरफ्तारी के अनुमति मंगाती रहे. बाकि नवका बाभन लोग खाली बाभन जाति के मनुस्मृति की नाम पर गरियावता. जौन कानून ह उहे नैतिकता ह आ मानवता भी. यदि कानून नैतिक नईखे, मानवीय नईखे त ओके बदलीये देबे के चाही.
एतनी घरी किरण बेदी की यात्रा भत्ता के गोलमाल के बहुत चर्चा बा. गलती त कईलही बाड़ी बाक़ी ओईसन गलती भारत के संकृति बनी गईल बा. त अब ईहे कहल जा सकेला कि जे भी लोग चाहता कि भ्रष्टाचार मिटे उ गलती कईल छोड़े. आ भ्रष्टाचार भ्रष्टाचारी दुनू से एके साथे लड़े.
एगो समाचार निकलल रहल ह कि कुछु बड़े आदमी लोग रेलवे के मासिक टिकट ( ऍम एस टी) लेके स्लीपर में पकड़ा गईल. बड़ा हँसी भईल बाकी रोज लाखों लोग ए गलती के करता. त का करे के चाही ? भाई अब अपनी भ्रष्टाचार से भी लड़े के पड़ी.
बडका बडका लोग टीए, डीए भी लेलेला आ खींची के खाला आ वाहन सुख भी ले लेला त हो गईल भईया टीए डीए गच्च. जे ना टीए डीए गच्च करेला ओके लोग कहेला बडका हरिश्चंद बनेलें.
"कलयुग में हरिश्चंद बनल भी बहुत बड़ा नादानी ह "
सोचीं रवुआ सभे के का राय बा.
धनवंतरी जयन्ती , हनुमान जयन्ती, दीपावली, चित्रगुप्त जयन्ती आ भैयादूज पर हार्दिक शुभकामना की साथ.
रउरे सभे के-
जय प्रकाश
फेरु भेंट होई.

प्रणाम अंकल!
जवाब देंहटाएंबात ता बिलकुल ठीक बा. अपनी देश में आदमी तब्बे तक इमानदार बा जबतक बेईमानी के मौका नइखे मिलल. बल्कि अपने देश काहे, कौनो देश के कम चाहे ढेर इहे हाल बा. लेकिन उपचार के शुरुआत कहीं से ता करीके पारी.
सत्य प्रकाश शुक्ल