नमस्कार!
हालचाल ठीक बा न
आजु काल्हि बैट बाल माने किरकेट के बड़का मैच चलता. एतनी घरी भारत पाकिस्तान के मैच होता आ देउरिया में बिजुली नईखे. टीवी नइखे चलत इन्टरनेट पर याहू पर स्कोर देख तानी आ लिखतो बानी. एतनी घरी सब कहू चारू ओर मैचे के बाति करता. एतना नशा त धरम के भी ना होला. इहो एगो अफीमें बा. घरे आके सुनली ह की कई गो मल्टीनेशनल कम्पनी में आधा दिन के छुट्टी हो गईल बा. देउरिया में त आन्ही पानी आ गईल ह बिजुली भागी गईल ह. थोड़ी देर खातिर डिश टीवी फेल हो गईल ह. बाक़ी लोग मैच की पीछे लागल बा. पहिले रेडियो से कमेंटरी आवे फेरु पाकेट रेडियो चलल अब त मोबाइल महाराज के कृपा बा बिलकुल उपडेट रहला के कार बा नाही पिछुआइले रहि जाईल जाई.
त भईया आधुनिक कहाए खातिर ई जरूरी बा हमहू कुछु किरकेट पर लिखीं. आज भारत आ पाकिस्तान की बीच में मैच बा. खेल आ राजनीति के खेल दुनु जारी बा जब लोग एतना मैच देखता त नेता का ओईजू रहही के बा . कूटनीति भी चलता. भक्ती होता सट्टा लागता सब मगन बा. पूरा लड़ाई के माहौल बा. खूब मजा बा. मजा कटले के कार बा. आज दू बजे से लगभग भारत बन्दे बा. आईपीएल वाला त अपनी परचार में कहते बा की भारत बंद रही.
ई खेल के खेल ना ह ई पईसा के खेलि ह. बिजिनेस ह खेलि भी बिजिनेस बा ई आदमी के कमाल ह. अब ई काहे होता मगज मारी चल रहली बा. जोतिसी, खेल विशेषज्ञ लोगन के आज चटकल बा. इलेक्ट्रोनिक मीडिया के त कुछु पूछही के नईखे . खिलाड़ी लोग खेल से ढेर पईसा विज्ञापन से कमा लेता. एतना खेलि की बादो भारत के लोग जीवन शैली रोग लाईफ स्टाईल डिजीज के शिकार बा. खेलि के बाति कईल अलग ह आ खेलल अलग ह.
खेलला से मानसिक आ शारीरिक स्वास्थ्य ठीक रहेला कुंठा दूर भागेला आक्रामकता में कमी आवेला. लोग सरकार के कोसल छोड़ी के कुछु दिन खिलाड़ी लोग की प्रशसा निंदा में लागल रही. त खेल के राज नीति बहुते अच्छा बा.
देहात में पहिले गुल्ली डंडा के खेल खूब होखे. अप्रैल से जून तक बारी में आम के अगोरिया आ गुल्ली डंडा के खेल दुनु खूब होखे. ऊ खिलाड़ी लोग कमावो खूब करे. बाक़ी जे खेल के दीवाना हो जा ऊ सब काम छोडि के खेलिए खेले. लेकिन गुल्ली डंडा खेलला से केहू के कौनों पईसा ना मिलि पावल. अब टीवी पर फेरु मैच आवे लागल. दूसरा ओभर चलता त हमहू चलतानी मैच देखे. फेरु भेंट होई.